Pankaj Kumar Gupta

Pankaj Kumar Gupta

Share

Lets, Open Bihar......

14/02/2026
02/10/2025

Trending photo in BHARAT

02/09/2025

Happy Birthday sir

17/07/2025

प्रसिद्ध फ़िल्म अभिनेता,उत्तर प्रदेश के गोरखपुर लोकसभा क्षेत्र से जनप्रिय मा. सांसद श्री रवि किशन जी, आपको जन्मदिन की हार्दिक बधाई एवं शुभकामनाएं।

प्रभु श्री राम जी से प्रार्थना है कि आप दीर्घायु हों और सदैव स्वस्थ एवं प्रसन्न रहें।

29/06/2025

परदेश के जिनगी

रोटी तावा पर जरत बा
भात से पेट ना भरत बा
भूखहु सुते के परत बा
ना टेंशन चिंता टरत बा
घर बहुते मन परत बा

जब बर बेमारी धरत बा
लोर आँख से झड़त बा
मदद ना केहु करत बा
दरद ना केहु हरत बा
घर बहुते मन परत बा

झूठे आदमी मरत बा
ओवरटाइम करत बा
करज उधार भरत बा
नेमुआ नियन गरत बा
घर बहुते मन परत बा

28/06/2025

बनगड़ी (धान के पहिला रोपनी )

अदरा बरिसल, धान खेत में लेव लागल,
होखे जाता बनगड़ी।
एने घरे मलकिनी बनावे जात बाड़ी,
दाल भात कढ़ी।।

अदरा के बरखा बरिसल,
मन निहाल भ‌इल।
गाँव के किसान लोग के,
भाग खुल ग‌इल।।

इंदरदेव का किरपा से,
एह साल अच्छा फसल होई।
गाँव का किसान लोग के,
आशा पूरा होई।।

बेड़रिया बिचड़ा उखाड़त बाड़े,
रोपनिहार धान रोपत बाड़ी।
कांदो लेव में छपकत बाड़ी,
खूंटले बाड़ी साड़ी।।

रोपनी से जैसे ही, हरवाह, बेड़रिया, रोपनिहार,
सब फुरसत प‌इहें।
आपन आपन छीपा लेके,
मालिक का घरे पहुँच ज‌इहें।।

मलकिनी परोस परोस,
सबका के खिअइहें।
छीपा में भर भर के सब झुरी, पकौड़ी,
दाल, भात, कढ़ी, अपना घरे ले ज‌इहें।।

मालिक आ मजदूर सब,
एह दिन खुब खुशी मना‌ई।
अदरा के बरखा बरिसला
आउर बनगड़ी भ‌इला पर,
सब केहू मिलकर,
इंदरदेव के दिही बधाई।।

Want your public figure to be the top-listed Public Figure in Chhapra?
Click here to claim your Sponsored Listing.

Category

Telephone

Website

Address


Mashrkh
Chhapra
841417